कभी खुशी कभी गम: रउआ सभे बॉलीवुड के हिट फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ देखले होखब, एह पारिवारिक ड्रामा फिल्म में शाहरुख खान अउर काजोल के सुपरहिट जोड़ी देखल गईल रहे। एकरा अलावा फिल्म में अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, करीना कपूर, ऋतिक रोशन अउर रानी मुखर्जी जइसन बड़का कलाकार भी फिल्म में रहले। एही टाइटिल के फिल्म भोजपुरी में भी बनल बा। ई फिल्म पिछला साल यूट्यूब पर रिलीज भइल रहे अउर महज कुछ महीना में एह फिल्म के 6.2 करोड़ से अधिका व्यूज मिलल बा।

भोजपुरी फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ के प्रीमियर टीवी पर 31 मई अउर 1 जून 2024 के भइल। ई फिल्म टीवी पर बहुत हलचल मचवलस। फिर एकरा के 25 जुलाई, 2024 के यूट्यूब पर रिलीज कइल गइल। बॉलीवुड के तरह भोजपुरी फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ भी एगो पारिवारिक ड्रामा फिल्म हव। ऐमे आम्रपाली दुबे के साथे भोजपुरी के चॉकलेटी बॉय प्रदीप पाण्डेय चिंटू अउर संचिता बनर्जी के अहम रोल रहे। ए फिल्म में ई दुनु अभिनेत्री प्रदीप के पत्नी के किरदार में बाड़ी। ऐमे देखावल गइल बा कि पति के पहिला मेहरारू से संतान ना होखे ता ऊ वारिस पावे खातिर अपना मेहरारू के सहेली से बियाह कर लेला। ई फिल्म में देखावल गईल बा कि प्रदीप के जिनगी में बहुत उतार-चढ़ाव बा। बाकी ऐमे कउनो भी तरह के अश्लीलता ना बा। ऐमे रोमांस, कॉमेडी, एक्शन सब कुछ देखे के भरपूर मिले ला। एकरा के आपन परिवार के साथ राउर लोग देख सकेनी।

Bhojpuri Adda: ‘वो पहले सिंगर नहीं हैं…’, भोजपुरी एक्ट्रेस रानी चटर्जी ने क्यों मांगी पवन सिंह से माफी? बोलीं- ‘सॉरी आज आपके…’

एह फिल्म के बाकी कलाकार के बात कइल जाव ता एमे आम्रपाली, चिंटू अउर संचिता के अलावा कुणाल सिंह, दिव्यांश पाण्डेय के भी महत्वपूर्ण भूमिका बा। एकर निर्देशन प्रेमांशु सिंह कइले बाटे। फिल्म ‘कभी खुशी कभी गम’ के संगीत ओम झा अउर साजन मिश्रा दिहले बाड़े। प्यारे लाल यादव के गीत हव।

Bhojpuri Adda: खेसारी लाल ने निरहुआ के गाने ‘मरून कलर सड़िया’ को चटाई धूल, ‘कोका कोला’ लेकर आए तो मच गया यूट्यूब पर बवाल

पूरा फिल्म इहाँ देखीं: